Beauty Tips: ट्रेंड में बा NoMakeup look, पूजा में घूमे जाये से पहले अपनाइ इ टिप्स

मेकअप के ट्रेंड्स समय के संगे बदल रहल बा। अयीसना में आजकल नो मेकअप लुक अवुरी न्युड मेकअप काफी ट्रेंड में बा।

author-image
Ankita Kumari Jaiswara
New Update
no makeup look

स्टाफ रिपोर्टर, एएनएम न्यूज़ : मेकअप के ट्रेंड्स समय के संगे बदल रहल बा। अयीसना में आजकल नो मेकअप लुक अवुरी न्युड मेकअप काफी ट्रेंड में बा। आइ जानल जाव, लोग के ई सब काहे अतना पसंद आ रहल बा आ एकर खासियत का बा। 

1. फाउंडेशन के जगही कंसीलर लगाईं: कवनो मेकअप लुक में सबसे पहिले क्लींजर लगा के चेहरा साफ करे के होई अवुरी ओकरा बाद ओकरा पर कंसीलर लगावे के होई। ध्यान रहे कि फाउंडेशन ना लगावे के चाही जवना से आपके त्वचा के कोटिंग मोट देखाई देवेला। एकरा के अयीसन लगाई कि आपके चेहरा के खामी ना लउके अवुरी इ आपके चेहरा पs समान रूप से देखाई देवे।

 2. काजल आ लिपस्टिक लगाईं: अब आखिरकार काजल अवुरी लिपस्टिक के मदद से आपन मेकअप लुक पूरा करीं। बस आपके पसंद के मुताबिक काजल लगावे के होई अवुरी आप लिपस्टिक के तनिका हल्का शेड के भी राख सकतानी। अयीसन कईला से आपके चेहरा चमके अवुरी आपके फीचर के अलगा करे में मदद मिली। त, ए टिप्स के पालन करीं अवुरी नो मेकअप लुक पाई।